Go to ...
RSS Feed

Archives for October 2012

मोदी के सवाल हँसि के टार गइलें नीतीश कुमार

पटना में पत्रकारन से बतियावत नीतीश कुमार साफ कहलें कि अगिलो चुनाव जदयू आ भाजपा मिल के लड़ी. बाकिर जब भाजपा के हुंकार रैली में नरेन्द्र मोदी के बोलावे का बारे में सवाल पूछल गइल त नीतीश हँसि के टार दिहलें. कुछ कहले ना. ओह बेरा ओहिजा भाजपो के अनेके नेता मौजूद रहलें. कुछ दिन

जेकरा चलते बिहार में आग लाग गइल ऊ त…

प्रशांत नाम के जवना लड़िका के मौत के मामिला ले के मधुबनी में बवाल शुरू भइल, बाद में पुलिस फायरिंग में दू आदमी के मौत हो गइल ऊ लड़िका अपना महबूबा का साथे दिल्ली में मिलल. दुनु मधुबनी से भाग के दिल्ली चहुँपल रहलें आ एगो चाय का दुकान पर मैँथिली में बतियावत सुन एगो

यूपी सरकार सगरी घोटाला पर लीपा पोती कर दी

अरविंद केजरीवाल के कहना बा कि सलमान खुर्शौद के घोटाला पर सगरी मामिला यूपी के अखिलेश सरकार लीपा पोती कर दी. ओकरा पर आमदनी से अधिका मामिला से मुलायम सिंह के बचावे के दबाव बा. अगर अइसन ना रहीत त एक बेर मामिला के जाँच कर चुकला का बाद यूपी सरकार खुर्शीद मामिला के दुबारा

मधुबनी फायरिंग का खिलाफ आजु बिहार बंद

मधुबनी में भइल पुलिस फायरिंग का विरोध में आजु राजद आ बाकी विपक्षी दल बिहार बंद के गोहार लगवले बाड़ें. जनता के खीसि के आवाज देबे वाला एह बंद के असर देखे लायक होखी. भाजपा के कहना बा कि जनता के एक वर्ग में फेर से जंगल राज के इयाद टटका हो गइल बा आ

बढ़त बवाल देखि नीतीश रोक दिहलन आपन अधिकार यात्रा

मधुबनी में पुलिस फायरिंग में दू गो छात्रन के मौत का बाद लगातार बढ़त जनता के खीसि देखि नीतीश कुमार आपन अधिकार यात्रा रोक दिहलन. कहले कि अब पटना में रहि के हालात पर नजर रखीहें. यात्रा के अगिला पड़ाव आरा आ बक्सर मे् होखे वाला रहल. नीतीश सरकार के सहयोगी भाजपो के कहना रहल

माथ पर के गमछा काम ना आइल

बिग बॉस के छठवाँ संस्करण में शामिल भइल भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के पहिलके हफ्ता में निकाल बाहर कर दिहल गइल. निरहुआ बिग बॉस का घर में बहुत अरमान से गइल रहलें. कहले रहलें कि ‘‘केतनो माडर्न कपड़ा पहिन लीं, पर ई गमछा हमेशा माथे पे रही’’. शुरू का दिने

गोंडा के सीएमओ, डीएम आ एसपी के तबादला कर दिहल गइल

पिछला हफ्ता गलत कारण से चरचा में रहल गोंडा के सगरी किरदार हटा दिहल गइलें. मंत्री जी के इस्तीफा ले लिहल गइल त सीएमओ, डीएम आ एस पी के तबादला कर दिहल गइल. अखिलेश सरकार के ई मामिला बहुते बेजाँय लागल आ एहमें ऊ केहु संगे कवनो रियायत बरते के तइयार नइखे. पूरा खबर पढ़ी

मधुबनी में बवाल जारी बा

मधुबनी में पुलिस फायरिंग से भड़कल खीस जयनगर, बासोपट्टी लिहले दरभंगा ले पसर गइल बा. जयनगर में थाना पर प्रदर्शन करत भीड़ पर फेरू पुलिस फायरिंग के खबर बा त बासोपट्टी थाना आ ब्लॉक आफिस समेत अनेके गाड़ियन के जरा दिहल लोग. मधुबनी पुलिस फायरिंग दू गो छात्रन के मौत हो गइल रहे. पुलिस फायरिंग

जंगीपुर से प्रणव मुखर्जी के बेटा अभिजीत जीत गइलें

पश्चिमबंगाल के जंगीपुर संसदीय सीट से सांसद प्रणव मुखर्जी के इस्तीफा से खाली भइल सीट से कांग्रेस उमीदवार आ राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी के बेटा अभिजीत मुखोपाध्याय सीपीएम के मुजफ्फर हसन के हरा दिहलें. बाकि जीत के मार्जिन बहुते कम रहल जवन कांग्रेस खातिर चिंता के बात होखे के चाहीं. एह सीट पर तृणमूल कांग्रेस आपन

टिहरी सीट से भाजपा उमीदवार के मिलल निर्णायक बढ़त

टिहरी लोकसभा सीट पर भइल उपचुनाव के मतगणना में चौदह विधानसभाई इलाकन में से बारह गो के मतगणना के बाद भाजपा के महारानी माला राज्यलक्ष्मी शाह कांग्रेस के साकेत बहुगुणा से अठारह हजार वोट से आगा हो गइल बाड़ी. साकेत बहुगुणा उत्तराखंड के मुख्यमंत्री विजय बहुगुणा के बेटा हउवें आ बाप के खाली कइल सीट

मुलायमो कहलन माल बनावऽ लोग बाकिर पार्टी बचा के

समाजवादी चिंतक राममनोहर लोहिया के ४६वीं पुण्यतिंथि पर बोलत सपा प्रमुख मुलायम सिंह यादव यूपी सरकार के मंत्रियन के सलाह दिहलन कि माल बनावऽ लोग बाकिर पार्टी के इमेज खराब मत होखे एकरो ध्यान राखऽ लोग. कुछ दिन पहिले अइसने सलाह शिवपाल सिंह यादव राज्य के अधिकारियन के दिहले रहलें. हालांकि एह बयान का बाद

बेटन का बहाने बापन के इम्तिहान

आजु दू गो उपचुनाव के वोट के गिनिती होखे वाला बा. टिहरी से उत्तराखंड मुख्यमंत्री विजय बहुगुणा के बेटा त जंगीपुर से राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी के बेटा चुनाव लड़त बाड़ें. दुनु सीट विजय बहुगुणा आ प्रणव मुखर्जी के संसद से इस्तीफा दिहला का चलते खाली भइल रहुवे.

गोंडा सीएमओ काल्हु ड्यूटी पर लवटि अइलें

चार दिन ले गायब रहल गोंडा के सीएमओ डा॰ एसपी सिंह काल्हु वापस लवटि अइलें आ ड्यूटी ज्वायन कर लिहलें. बतवलें कि उनुका के प्रशासन लखनऊ भिजवा दिहले रहुवे जहवाँ ऊ अपना एगो रिश्तेदार का घरे रहलन. इहो कहलन कि राजस्व राज्य मंत्री बिनोद सिंह उनुका के अधरतिया में जबरदस्ती आफिस ले के अइलन आ

दबंग मंत्री बिनोद सिंह के छूट्टी

गोंडा के सीएमओ डा॰ एस॰पी॰ सिंह से दबंगई करे के आरोपी यूपी के राजस्व मंत्री बिनोद सिंह उर्फ पंडित सिंह के मंत्रीमंडल से छूट्टी कर दिहल गइल. चौतरफा दबाब झेलत मुख्यमंत्री बिनोद सिंह से इस्तीफा मंगा के राज्यपाल के भेजवा दिहलन. ओने अबहीं ले लापता सीएमओ के पता नइखे चलल. पूरा खबर पढ़ी

जहरीला शराब से छपरा के दरियापुर आ डेरनी में पाँच जने मरलें

दरियापुर आ डेरनी थाना के गाँवन के पाँच लोग जहरीला शराब पियला का चलते मर गइल जबकि अनेके लोग के हालत खराब बा. मरे वालन के गिनिती बढ़े के पूरा अनेसा बा. घटना मंगल का दिने शराब पियला का बाद शुरू भइल. मंगल के रात में दू जने के मौत भइल त तीन जने बुध

दू दिन से गायब बाड़न गोंडा के सीएमओ

गोंडा के सीएमओ डा॰ एस॰पी॰सिंह के पता नइखे लागत. उनुकर मोबाड़ल बंद बा. बतावल जात बा कि दू दिन पहिले यूपी के राजस्व राज्य मंत्री विनोद सिंह उनुका के जबरिया रात में आफिस ले गइलें आ अपना कुछ आदमियन के सविदा पर बहाल करवाए खातिर दबाव डललें. हालांकि विनोद सिंह एह बात से साफ इंकार

समाजवादियन के समय ना मिलल जेपी खातिर

एक जमाना रहल जब जेपी जयंती पर उनुका गाँव में नेतवन के मेला लाग जात रहुवे बाकिर अब लोग भुलाए लागल बा जेपी के. इहाँ ले कि कवनो समाजवादी नेता के समय ना मिलल कि सिताबदियारा आ के जेपी के गाँव में उनका के याद कर लीत. हँ जेपी का नाम पर लखनऊ में कुछ

मुख्यमंत्री के आदेश से लड़िकियन के ओढ़नी उतरवा लिहलसि पुलिस

अपना विकास यात्रा में जगहे जगह विरोध आ करिया कपड़ा देखवला से नाराज बिहार के मुख्यमंत्री के निर्देश पर पुलिस केहु के करिया कपड़ा पहिरले उनुका सभा मे नइखे आवे देत. इहाँ ले कि छाता तक रोक लिहल जात बा. हद त ई हो गइल बा कि लड़िकियन के करिया ओढ़नीओ उतरवा लिहल जात बा.

चार हजार के चेक चउवालिस हजार के बना लिहलसि

छपरा सिविल सर्जन आफिस के कर्मचारी प्रवीण कुमार चार हजार के चेक के चउवालिस हजार के बना के भुगतान उठा लिहलसि. जिलाधिकारी विनय कुमार ओकरा खिलाफ मुकदमा दायर करे के आदेश दिहले बाड़न. एगो दोसरा घटना में डोरीगंज थाना के धरमपुरा गाँव के अमृतेश प्रभाकर आइडीबीआई बैंक में डीपीओ के एगो चेक जमा कइलसि. मैनेजर

वैष्णो देवी खातिर गोरखपुर से खास रेलगाड़ी

अबकी का दशहरा में वैष्णो देवी दर्शन करे जाए वाला श्रद्धालुअन खातिर रेलवे गोरखपुर से जम्मू खातिर दू गो खास रेलगाड़ी चलाई जवन १५ अक्टूबर से २५ अक्टूबर का बीच चऊदह फेरा करीहे दँ. गोरखपुर से हर सोमार आ बुध का दिने ई गाड़ी दुपहरिया बारह बजि के दस मिनट पर खुलल करीहें सँ. वापसी

Older Posts›› ‹‹Newer Posts