Links for more news has been updated and…
January 28, 2013
Links for more news has been updated and made working again.
Links for more news has been updated and made working again.
६३वाँ मोइनुल हल राज्य स्तरीय फुटबाल प्रतियोगिता के फाइनल मैच में दानापुर रेलवे जमालपुर रेलवे टीम के तीन गोल बनाम एक गोल से हरा दिहलसि. मैन आफ द मैच के खिताब आजाद खाँ के आ मैन आफ द टूर्नामेंट के खिताब कैमूर के अमरनाथ पिंटू के दिहल गइल.
सारण जिला के गरखा प्रखंड के रामपुर में राजद नेता लालू प्रसाद आजु एथेलेटिक्स टू्र्नामेंट के उद्घाटन करत कहलन कि नीतीश सरकार में आम आदमी बहुते परेशान बा. लालू प्रसाद रामपुर में स्टेडियम बनवावे आ चिंतामनगंज में गंडकी नदी पर पुल बनवावे के घोषणा कइलन.
६३वाँ मोइनुल हल राज्य स्तरीय फुटबाल प्रतियोगिता के फइनल मैच आजु भभुआ के जगजीवन स्टेडियम में दानापु रेल आ जमालपुर रेल का बीचे खेलल जाई.
आजु इलाहाबाद के कुंभ मेला में पूस पूरनमासी के नहान ह. आजुए से कल्पवास के एक महीना शुरू होखी. नहाए खातिर श्रद्धालुअन के घोर संकट के सामना करे के पड़त बा काहे कि राज्य सरकार एह महाकुंभ खातिर पर्याप्त मात्रा में गंगा नदी में पानी ना छोड़लसु आ राज्य के मुख्य सचिव एह मामिला में
एह साल सारण जिला में २१५७९ गो इंदिरा आवास बनावे के लक्ष्य रहुवे जवना में से १९३९४ गो आवास के स्वीकृति दे दिहल गइल बा. जिलाधिकारी बतवले बाड़न कि जवना लोग के दुसरका भा अंतिम किस्त नइखे मिलल से जल्दी से बीडीओ भा डीडीसी का लगे दरखास्त देसु.
काल्हु रोहतास के सामाजिक कार्यकर्ता खपड़ बाबा के निधन हो गइल, निधन पर स्थानीय विधायक रामधनी सिंह शोक जतवले बाड़न.
सिवान जिला के महाराजगंज से सांसद उमाशंकर सिंह के काल्हु उनुका गाँवे रेनुआ में राजकीय सम्मान का साथे कर दिहल गइल. उमाशंकर सिंह के निधन पिछल चौबीस जनवरी के दिल्ली में इलाज का दौरान हो गइल रहे. अंतिम संस्कार में मंत्री पी के शाही, सांसद रघुवंश प्रसाद सिंह समेत ढेरे खासमखास लोग मौजूद रहल.