Archives for February 2013
दिल्ली के बदनाम रेप कांड के कम उमरिया अभियुक्त पर जुवेनाइल कोर्ट बलात्कार, हत्या, अपहरण, अप्राकृतिक दुराचार, हत्या के प्रयास, डकैती, सुबूत मेटावे के कोशिश आ षडयन्त्र के मुकदमा चलावे के आदेश दे दिहलसि. अब एह मामिला पर बारह मार्च से सुबूत दर्ज करे के काम शुरू होखी. पिछला साल सपलह दिसम्बर का रात दिल्ली
उत्तर प्रदेश सरकार आज विधानसभा में कहलस कि अपना बाप महतारी के अनदेखी करे वाला लोग पर दस हजार रुपिया के जुर्माना लगावल जाई आ जुर्माना ना दिहला पर तीन महीना जेहल के सजा दिहल जाई. अइसन “माता-पिता और वरिष्ठ नागरिकों का भरण-पोषण कल्याण अधिनियम 2007” का तहत कइल जाई.
बजट पर चरचा करत राज्यमंत्री राजेन्द्र सिंह राणा बसपा पर आरोप लगा दिहलन कि ऊ अंबेडकर के निजीकरण करके उनुकर बाजारीकरण करत बिया, एह बात से नाराज बसपा विधायक हंगामा मचा दिहलन.
बसपा आरोप लगवले बिया कि उत्तर प्रदेश सरकार सत्ता के बेजा इस्तेमाल करत भाटपार रानी उपचुनाव के मतगणना में धाँधली करवा के जीतल बिया. एहसे ओहिजा के उपचुनाव के रद्द कर दिहल जाव.
मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एह साल के बजट पर वित्त मंत्री पी चिदम्बरम के बधाई दिहले बाड़न. खास कर के एह बात ला कि विशेष राज्य के दर्जा देबे खातिर मापदंड बदले के बात कहले बाड़न वित्त मंत्री. दोसरा तरफ उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी बजट के बेकार बतवले बाड़न. जानकार कहत बाड़न कि बिहार के राजनीति एह
सपा के चुनावी वादा पूरा करे खातिर मुख्यमंत्री अखिलेश यादव 11 मार्च का दिने काल्विन तालुकेदार कालेज में 10 हजार विद्यार्थीयन के लैपटॉप बाँट के एह योजना के श्रीगणेश करीहें.
दिल्ली के तालकटोरा स्टेडियम में पहिला मार्च से होखे जा रहल भाजपा के राष्ट्रीय परिषद के बइठका में उत्तरप्रदेश के हालात पर खास चरचा होखे के सभावना बा. एह बइठका में यूपी के सगरी बड़का नेता लोग के नेवतल गइल बा.
बिहार के चार गो बड़का शहरन में अगिला पाँच साल में पाँच लाख फ्लैट बनावल जाई. शुरूआत होखी पचीस हजार फ्लैट बना के. एह सरकारी फ्लैटन में से एक चौथाई फ्लैट गरीब लोग खातिर आरक्षित रही.
टटका खबर पर भरपूर स्थानीय खबर देबे खातिर शुरुआती चरण में चार गो जिला, आरा छपरा बलिया आ देवरिया, के हर प्रखंड से एगो अवैतनिक स्ट्रिंगर चाहीं. अपना इलाका के खबर ईमेल भा एसएमएस से टटका खबर के भेजे के होखी. काम चल निकलल त बाद में वेतन भत्ता के बात सोचल जाई. एह बीच
देवरिया जिला के भाटपार रानी विधानसभा सीट पर भइल उपचुनाव में सपा के आशुतोष उपाध्याय निर्दलीय सभा कुंवर के चौंतीसो हजार से अधिका वोट से हरा दिहलन. बसपा के बिन्दा सिंह कुशवाहा तिसरका जगहा पर रहलन. एह सीट के उपचुनाव खेलमंत्री रहल कामेश्वर उपाध्याय के निधन का चलते भइल रहुवे आ सपा उनुका बेटा के
समस्तीपुर जिला के कल्याणपुर विधानसभा सीट के उपचुनाव में जदयू के मंजू कुमारी लोजपा के रेखा देवी के सोलह हजार चार सौ बत्तीस वोट से हरा दिहली. कांग्रेस के अनिता राम तिसरका जगहा पर रहली.
नागालैंड में सत्तारुढ़ नागा पीपुल्स फ्रंट पन्द्रह गो सीट जीत चुकल बा आ १२ गो पर आगा चलत बा. तय बा कि फेरू ओकरे बहुमत के सरकार बनी. मेघालय में सत्तारुढ़ कांग्रेस यूजीपी गठबन्धन ३१ गो सीट पर आगा बा आ साठ सीट वाली विधानसभा में ओकरा बहुमत मिलत बुझात बा. त्रिपुरा में वामफ्रंट लगातार
८००सीसी से अधिका ताकत वाला मोटर साइकिल महँग. बजट प्रस्ताव सुन के शेयर बाजार धड़ाम. लोग कहत बा कि एहसे खराब बजट चिदम्बरमो ना पेश कर सकसु. छह गो एम्स एह साल शुरू होखी. हर मामिला में कन्फ्यूज करे वाला बजट बतवली मायावती. पोसुआ मीडिया बजट के बड़ाई में लागल. सोशल मीडिया पर थई थई
पोस्ट आफिस में अब कोर बैंकिंग सुविधा मिली. सर्विस आ एक्साइझ ड्यूटी में कवनो बदलाव ना भइल. एक लाख रुपिया तक के गहना विदेश से ले आवल जा सकेला. विदेश से पचास हजार रुपिया तक के सामान ले अइला पर कवनो कस्टम ड्यूटी ना लागी. २९४ गो अउरी शहरन में एम एफ रेडियो स्टेशन खोलल
टीवी सेट टाप बाक्स पर टैक्स बढ़ल. एसी रेस्टोरेंट में खाइल महँग. सर्विस टैक्स देबे पड़ी. पाँच लाख रुपिया तक के सालाना आमदनी वालन के दू हजार रुपिया के छूट. अधीका आमदनी वालन के ई छूट ना मिली. एक करोड़ रुपिया आ अधिका आमदनी वालन पर दस फीसदी सरचार्ज. अगिला वित्तवर्ष में पचीस लाख रुपिया
आजु पेश सालाना बजट में वित्त मंत्री आंकड़ा के बाजीगरी त खूब देखवलें बाकिर केहू के कुछ भेंटात लउकत नइखे. मिडिल क्लास के उमेद रहल कि ओह लोग के कुछ राहत मिली बाकिर सगरी उमीद बेकार चल गइल. बजट भाषण का बाद शेयर बाजार में बड़हन गिरावट आइल बा जवन बतावत बा कि आम लोग
बुध का दिने संसद में पेश आर्थिक सर्वेक्षण में कहल गइल कि मंदी के दौर लगभग खतम हो चुकल बा आ अब अर्थ व्यवस्था बढ़न्ती पर बा. एह सर्वे में सलाह दिहल गइल बा कि टैक्स दर बढ़वला का बदले टैक्स के आधार बढ़ावल जाव जेहसे कि अधिका से अधिका लोग के टैक्स के दायरा
बिहार सरकार के कैबिनेट में ओह प्रस्ताव के मंजूरी दे दिहल गइल जवना में कहल बा कि हर साल नौ हजार सिपाही बहाल कइल जाई जेहसे राज्य में पुलिस बल के कमी दूर कइल जा सके.
बनारस हिंदू विश्वविद्यालय के मेडिकल संस्थान में दाखिला खातिर होखे वाला प्रवेश परीक्षा अब से ना होखल करी आ राष्ट्रीय प्रतियोगिते से विद्यार्थियन के चुनल जाई. अबले प्रवेश खातिर विश्वविद्यालय आपन अलग इम्तिहान लेत रहुवे.
सिसवन प्रखंड के मेंहदार मंदिर कें मुख्य द्वार पर टांगल घंटा उतार लेबे के फैसला कइल गइल बा. एह बारे में प्रशासन आ मंदिर प्रतिनिधियन के बइठका में तय भइल कि शहतीर कमजोर हो गइला का चलते घंटा उतार लिहल जरूरी हो गइल बा ना त कहियो कवनो दुर्घटना हो सकेला.
Older Posts››