web analytics

पचरुखी से भगावल तीन गो लड़िकी हाजीपुर से बरामद

सिवान के पचरूखी से भगावल तीन गो लड़िकी के पुलिस हाजीपुर स्टेशन से बरामद कर लिहलसि.बाद में पता चलल कि एह तीनो के कुछ लड़ीका नौकरी लगावे का बहाने अपना साथे
कलकत्ता ले गइल रहले सँ. ओहिजा एगो आर्केस्ट्रा पार्टी से नौकरी पर लगावे के बात भइल बाकिर ऊ ना मनलसि. एह बीच लड़िकियन के गुमशुदगी के मुकदमा दर्ज हो गइल रहुवे त एकनी के चहुँपावे खातिर हाजीपुर ले आ के छोड़ दिहले सँ जहाँ से पचरुखी पुलिस ओकनी के अपना साथे लिवा गइल.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: