web analytics

सड़क दुर्घटना में बलिया के तीन लोग मुअल

लखनऊ के हिमसिटी में रहेवाला हरेन्द्र सिंह ठीकेदार के बेटी के बिआह बुधवार के रहुए ओमें तीन जने बलिया के गइल रहल। आ ओनी से राति के एक बजे अपना स्कार्पियो गाड़ी से लउटत रहल हो। बहुते तेज चलवला के कारन उ गाड़ी कब्जा से बाहर होके देवा रोड पर इलाहाबाद बैंक के नियरे हनुमान मंदिर के चबूतरा से टकरा के फेरू फेड़ से टकरा गउए जेवना में तीनों जने घाही हो गउए लो। अस्पताल पहुंचला के बाद डाक्टर मुअल बता दीहुअन।

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: