web analytics

41.60 लाख रूपया के गबन

छपरा। शहर के एगो सोना के व्यवसायी ओमजी के साथ धोखाधड़ी क के 41.60 लाख रूपया के गबन के एगो मामिला में सीजेएम कोर्ट में दर्ज एगो मुकदमा में सुनवाई करत सीजेएम साहेब नगर थानाध्यक्ष के इ आदेश दीहलन कि एफआईआर दर्ज कइल जाउ। मुकदमा में व्यवसायी कहले बाड़न कि एसबीआई के मुख्य शाखा छपरा से 41.60 लाख रूपया यूपी के लखनऊ के एगो कंपनी में पावर बैंक खाता प्रणाली में जमा करके खातिर पिछला पांच फरवरी के उ बैंक के कैशियर एसके श्रीवास्तव आ कैश आफिसर श्याम चौधरी के रूपया दीहले रहुवन बाकी अभियो ले उ रूपया खाता में ना पहुंचल बा।

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: