डोरीगंज, सारण। अवतार नगर थाना क्षेत्र के नरांव गांव में सनीचर के राति के लागल आगि में दूगो घर जरि के राख हो गउवन स आ ओमे रखल लाखन के संपतियो जरि के नास होगइल। घटना के समय सभे लोग सुतल रहुवे। पता चलल ह कि नरांव के राजकुमार सिंह रंजीत सिंह आ सुभाष सिंह के परिवार के लोग सुतल रहुएवे एहिब एगारह बारह बजे के बीचे आगि लगला पर हल्ला सुनिके जगुए लोग त पता चलुए कि आगि बहुतें बढि़ गइल बा त उ लोग केहू तरे आपन आपन जान बचाके भगुए लोग। बाकी कुलिह सामान आ घर जरि के राखि हो गउए। गांव के लोग मिलि के आग बुतउवे ।