काल्हु पटना में बिहार भाजपा के नइकी कार्यकारिणी के पहिलका बइठक प्रदेश अध्यक्ष मंगल पांडे लिहलन जवना में अगिला लोकसभा चुनाव के रणनीति पर विचार भइल. एह बइठका में तय भइल कि कल्याणपुर उपचुनाव में राजग उम्मीदवार के जितवावल जाव. बईठक में सुशील मोदी आ नंदकिशोर यादव मौजूद रहलें.