बलिया। प्रभारी जिला जज शकील अहमद खां साहेब परीखरा में शिव मंदिर पर आयोजित विधिक साक्षरता शिविर में बोलत खाने कहलन ह कि एगो जमीन के छोट टुकड़ा खातिर लोग जिनिगी भर मुकदमा लड़त बा आ मानसिक आ शारीरिक आ आर्थिक नुकसाल उठावत बा। आरे ऐसे बढि़या त इहे रहित कि आपसी समझौता क के मामिला के रफा दफा क लीत लोग। उहां के इहो कहुवीं कि आदिमी के दूगो चीज अहम आ संशय बिगारि के रख देला । लोग आपन अहंकार छोडि़ के संशय ना कइ के आत्मविश्वास राखसु त कवनो तरीका क क विवाद पैदे ना होइ आ कचहरी जाहीं के ना परी। ओसे धनो बाची आ समयो बाची आ दिमागी परेशानियो से बची आदमी।एहि अवसर पर ढेरकी लोग आइल रहुवन आ खां साहेब के बाति सुनुवन। नायब तहसीलदार विकास कुमार पाण्डेय राजस्व के बारे में बहुत कुछ बतउवन।