पहिला बेर कवनो हिंदी साहित्यकार के साहित्य अकादमी के अध्यक्ष बनावल गइल बा. गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिंदी विभागाध्यक्ष रहल डा॰ विश्वनाथ तिवारी साहित्य अकादमी के हिंदी समिति के संयोजको रहल बाड़ें. काल्हु अकादमी के राष्ट्रीय कार्यकारिणि सभका सहमति से आलोचक आ कवि डा॰ विश्वनाथ तिवारी के अध्यक्ष आ कन्नड़ नाटककात चन्द्रशेखर कम्बर के उपाध्यक्ष चुन लिहलसि. हिंदी समिति के संयोजक सुर्य प्रकाश दीक्षित के बनावल गइल बा.
197 total views, 5 views today