Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

RSS Feed

हैदराबाद में बम धमाका


आजु बियफे साँझ घरी हैदराबाद के दिलखुशनगर बस स्टैंड का लगे दू गो बम धमाका भइल जवना से नाहियो त बीस लोग के मरे आ अठहत्तर लोग के घवाहिल होखे के खबर बा. देश के प्रधानमंत्री आ गृहमंत्री एह घटना पर शोक जतवले बाड़े. ओने आस्ट्रेलिया क्रिकेट टीम हैदराबाद में क्रिकेट खेले से मना कर दिहले बावे.
अबहीं मरे वाला आ घवाहिल लोग के गिनिती के कवनो प्रामाणिक खबर नइखे आ गिनिती बढ़ियो सकेला.

Tags: ,

%d bloggers like this: