रोहतास के बकसड़ा गांव में बुध का रात एगो सात साल के लइकी से दुष्कर्म करे के केस सामने आइल बा. ओह लइकी के इलाज खातिर सासाराम अस्पताल से बनारस ला रेफर कर दिहल गंइल बा. पुलिस मामिला के तहकीकात में लागल बिया. तीन जने के हिरासत में ले लिहल गइल बा आ ओह लोग से पूछताछ करत बिया पुलिस.