बीएचयू में अव हफ्ता में पाँचे दिन पढ़ावल जाई
February 25, 2013
बनारस हिन्दु विश्वविद्यालय के विद्वत परिषद अतवार का दिन भइल अपना बइठका में फैसला कइलसि कि अब से हफ्ता में पाँचे दिन पढ़ावल जाई आ शनिचर अउर अतवार का दिने छूट्टी रहल करी. साथ ही बाकी पाँच दिन एक एक घंटा अधिका कार्यावधि हो जाई.
एही बइठका में इहो तय भइल कि चिकित्सा विज्ञान संस्थान में दू गो नया विभाग खोलल जाई, डेंटल साइन्स में सीट बढ़ावल जाई, आ छात्र परिषद के नया विधान लागू कइल जाई. एह प्रस्तावन के अब कार्याकारिणी में राखल जाई जवना का अनुमोदन का बाद एकरा के लागू कर दिहल जाई.