सिविल सर्विसेज के इम्तिहान के तारीख अबही ले तय ना हो सकल
February 25, 2013
सिविल सर्विसेज परीक्षा में एप्टिच्यूड टेस्ट राखल जाव कि ना एह पर अबही ले फैसला ना हो सकला का चलते सिविल सर्विसेज के परीक्षा के तारीख अबही ले घोषित नइखे भइल जबकि एकरा पहिले दू फरवरी के घोषित होखे के रहल. इहो बात अहजह में बा कि वैकल्पिक विषय राखल जाव कि ना. एह सगरी अहजह का बीच परीक्षा में बइठे के तइयारी में लागल प्रतिभागी परेशान बाड़ें. जानकारन के सलाह बा कि एह बीच ओह लोग के सामान्य ज्ञान पर पूरा ध्यान देबे के चाहीं.