सरकार काल्हु सोमार का देर रात प्रदेश के अधिकारियन के बड़हन पैमान पर तबादला कर दिहले बिया. एह तबादला सूची में ८८ गो आईपीएस आ प्रान्तीय पुलिस सेवा अधिकारियन के तबादला भइल बा. एकरा चलते अनेके विभागन के प्रमुख सचिव आ कई जिलन के जिलाधिकारी आ पुलिस कप्तान बदल दिहल गइल बा.