आर्थिक सर्वेक्षण में मंदी के दौर खतम होखे के बात
February 27, 2013
बुध का दिने संसद में पेश आर्थिक सर्वेक्षण में कहल गइल कि मंदी के दौर लगभग खतम हो चुकल बा आ अब अर्थ व्यवस्था बढ़न्ती पर बा. एह सर्वे में सलाह दिहल गइल बा कि टैक्स दर बढ़वला का बदले टैक्स के आधार बढ़ावल जाव जेहसे कि अधिका से अधिका लोग के टैक्स के दायरा में ले आवल जा सके. एहमें डीजल आ रसोई गैस से सबसिडी खतमो करे के कहल गइल बा.