बाप महतारी के भरण पोषण ना करे वाला लोग के जेहल
February 28, 2013
उत्तर प्रदेश सरकार आज विधानसभा में कहलस कि अपना बाप महतारी के अनदेखी करे वाला लोग पर दस हजार रुपिया के जुर्माना लगावल जाई आ जुर्माना ना दिहला पर तीन महीना जेहल के सजा दिहल जाई. अइसन “माता-पिता और वरिष्ठ नागरिकों का भरण-पोषण कल्याण अधिनियम 2007” का तहत कइल जाई.