Go to ...
RSS Feed

Archives for February 2013

इचरी पंचायत के मुखिया विनोद सिंह के हत्या

मंगल के देर रात भोजपुर जिला के आयर थाना इलाका में चिरापुर मोड़ क नियरा इचरी पंचायत के मुखिया विनोद सिंह के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. हत्या कइला का बाद हत्यारा आराम से भाग निकलले.

कुंवर सिंह विश्विद्यालय में विद्यार्थी दरबार

वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के प्रति कुलपति डा.अनवर इमाम हर शुक का दिने विद्यार्थी दरबार लगइहें जहाँ विद्यार्थियन के समस्या के हल मौके पर निकाले के कोशिश होखल करी. विद्यार्थी आपन समस्या ले के प्रति कुलपति से उनका चेम्बर में शुक का दिने भेंट कर सकेलें.

जच्चा बच्चा दुनू मरला पर हंगामा

बेतिया एमजेके अस्पताल के में मंगल का रात प्रसव करावे आइल एगो मरीज के मौत हो गइल. ओकर बच्चीओ ना बाचल. दुनू का मरला से नाराज घरवाले जम के बवाल कटले.

पलटल ट्रक से सैकड़न गैस सिलिण्डर उठा ले भागल लोग

डेहरी आन सोन का कोल डिपो का लगे मंगल के रात एगो ट्रक पलटि गइल. ओह ट्रक पर रसोई गैस के सिलिंडर रहुवे. ३०६ गो सिलिंडर में सें २६० गो सिलिंडर लोग ले भागल.

बरतन का दूकान से दू लाख के बरतन चोरी

सासाराम मीना बाजार के कुमार स्टील कार्नर से मंगल का रात में नगदी समेत दू लाख के बरतन चोर चोरा ले गइलें. केस दर्ज करा दिहल गइल बा बाकिर कवनो गिरफ्तारी नइखे भइल. चोर एस्बेस्टस के छान्ह तूड़ के भीतर घुसल रहलें.

नवही क्रिकेटर रविकांत सिंह के शानदार स्वागत

अंडर-19 विश्वकप जीते वाली क्रिकेट टीम में शामिल रविकांत सिहं मंगल का दिने जब अपना गाँव छपरा जिला के एकमा प्रखंड के सेंदुआर चहुँपलन त उनकर शानदार स्वागत भइल. सेंदुआर स्कूल से आपन पढ़ाई करे वाला रविकांत कहलन कि गाँवे आ के बेहद खुशी मिलल.

रेल बजट में बिहार आ उत्तर प्रदेश के मिलल सौगात

नया लाइन बिछावल जाई आनन्दनगर से घुघली ले वाया महाराजगंज, आ पीरपैंती से जसीडीह, नया लाइन बिछावल जाई. बनारस से बलिया के बीच डबल लाइन कइल जाई. नया रेलगाड़ी बांद्रा टर्मिनस से रामनगर साप्ताहिक एक्सप्रेस वाया नगदा,मथुरा, कानपुर, लखनऊ, रामपुर जयपुर लखनऊ एक्सप्रेस हफ्ता में तीन दिन वाया बंदीकुई,मथुरा, कानपुर गुवाहाटी आनन्द विहार साप्ताहिक एक्सप्रेस

उत्तर प्रदेश के आईएएस आ आईपीएस अधिकारियन के तबादला

सरकार काल्हु सोमार का देर रात प्रदेश के अधिकारियन के बड़हन पैमान पर तबादला कर दिहले बिया. एह तबादला सूची में ८८ गो आईपीएस आ प्रान्तीय पुलिस सेवा अधिकारियन के तबादला भइल बा. एकरा चलते अनेके विभागन के प्रमुख सचिव आ कई जिलन के जिलाधिकारी आ पुलिस कप्तान बदल दिहल गइल बा.

गरीब तबका पर बोझा डाल दिहल गइल बा रेल बजट से

आजु पेश रेल बजट पर उत्तर प्रदेश के अनदेखी के शिकायत कइले बाड़े सगरी गैर कांग्रेसी दल के नेता. सपा नेता मुलायम सिंह के कहना बा कि अतना खराब बजट आजु ले ना आइल रहुवे. मायावती कहले बाड़ी कि गरीब तबका पर बोझा डाल दिहल गइल बा आ ओकरा कुछ भैंटाइल नइखे सुविधा के नाम

रेल बजट में बिहार के अनदेखी

आजु पेश रेल बजट के आलोचना करत बिहार के मुख्यमंत्री कहलन कि एह बजट में बिहार के एकदमे अनदेखी कर दिहल गइल बा. लालू प्रसाद कहलन कि उनका समय में रेल के घाटा खतम कर के ऊँचाई पर चहुँपा दिहल रहुवे बाकिर आजु हालात बदल गइल बा. रेल बजट में बिहार में लटकल रेल परियोजनन

सिकन्दराबाद में रेलवे के वित्तीय प्रबंधन संस्थान पिछड़ा…

सिकन्दराबाद में रेलवे के वित्तीय प्रबंधन संस्थान. पिछड़ा आ दलित वर्ग के बेरोजगारन ला ४७००० बहाली. ई टिकटींग साइट पर एक संगे एक लाख लोग लागिन कर पाई.

चुनिंदा गाड़ियन में मुफ्त बाईफाई सुविधा शिकायत खातिर…

चुनिंदा गाड़ियन में मुफ्त बाईफाई सुविधा. शिकायत खातिर नया फोन नम्बर १८०० १११ ३२१ रेलवे के जमीन आ स्टेशनन के बढ़िया इस्तेमाल करे ला दू गो प्राधिकार बनल.

सिविल सर्विसेज के इम्तिहान के तारीख अबही ले तय ना हो सकल

सिविल सर्विसेज परीक्षा में एप्टिच्यूड टेस्ट राखल जाव कि ना एह पर अबही ले फैसला ना हो सकला का चलते सिविल सर्विसेज के परीक्षा के तारीख अबही ले घोषित नइखे भइल जबकि एकरा पहिले दू फरवरी के घोषित होखे के रहल. इहो बात अहजह में बा कि वैकल्पिक विषय राखल जाव कि ना. एह सगरी

बीएचयू में अव हफ्ता में पाँचे दिन पढ़ावल जाई

बनारस हिन्दु विश्वविद्यालय के विद्वत परिषद अतवार का दिन भइल अपना बइठका में फैसला कइलसि कि अब से हफ्ता में पाँचे दिन पढ़ावल जाई आ शनिचर अउर अतवार का दिने छूट्टी रहल करी. साथ ही बाकी पाँच दिन एक एक घंटा अधिका कार्यावधि हो जाई. एही बइठका में इहो तय भइल कि चिकित्सा विज्ञान संस्थान

फाँसी के फैसला पर फदफाइल गृह मंत्रालय से नाराज बाड़ें राष्ट्रपति

अपना सात महीना का कार्यकाल में सात जने के फाँसी सकार चुकल राष्ट्रपति का सोझा जब फेर पाँच गो अपराधियन के फाँसी सकार लेबे के फाइल पेश भइल त राष्ठ्रपति आपन नाराजगी जता दिहलन. उनुका एह बात से शिकायत बा कि अचनक गृह मंत्रालय एह मुद्दा पर अतना फदफदा काहे गइल बा कि लगातार एक

Older Posts›› ‹‹Newer Posts