आजु अतवार का दिने दिल्ली में भाजपा राष्ट्रीय परिषद के संबोधित करत नरेन्द्र मोदी कांग्रेस पर जम के हमला बोललें. कहलें कि कांग्रेस कमीशन के पार्टी बन के रह गइल बिया. कहलन कि देश जाग गइल बा आ तय कर लिहले बावे कि कांग्रेस के हरावे के बा. नरेन्द्र मोदी के भाषण का बाद कांग्रेसी नरेन्द्र मोदी के साँप बिच्छी तक से तुलना करे लागल बाड़ें. लागत बा कि बिच्छी जइसन लहर चढ़े लागल बा ओह लोग पर.
राजा भईया के कुंडा इलाका में वलीपुर गाव में दू गो गुट का बीच भइल गोलीबारी में गांव के प्रधान आ सीओ समेत तीन लोग के मार दिहल गइल. पुलिस के तैनाती का बाद हालात काबू में बतावल जात बा. एह घटना का बाद भाजपा सपा सरकार में कानून व्यवस्था के खराब हालात पर चिंता जतावत मुख्यमंत्री से कहले बिया कि कानून व्यवस्था बहाल करे पर ध्यान देव सरकार.
जौनपुर में बोर्ड परीक्षा का दौरान एगो स्कूल पर परीक्षार्थी जम के हंगामा कंइलें. बाद में पुलिस सभका के खदेड़ भगवलसि.
उत्तर प्रदेश में मैनपुरी के करहल इलाका में बिजली के लाइन ठीक करत एगो संविदा कर्मचारी अचके में बिजली आ गइला का चलते झँउसा के मर गइल. घटना का बाद ओकर परिजन जम के बवाल कटलें.
उत्तर प्रदेश में होमगार्डन के ड्यूटी अब सीधे लखनऊ से लगावल जात बा. होमगार्डन के शिकायत रहल कि ओह लोग के ड्यूटी लगावे का नाम पर अधिकारी परेशान करत रहलें.
सासाराम के राजपुर इलाका से शनिचर का दिने पुलिस दू गो नक्सलियन के गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकनी का लगे से बम आ विस्फोटक मिलल बा.
बिहार के बेगूसराय में शनिचर का दिने लाखो गाँव से दू लाख के नकली नोट संगे एगो तस्कर के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
पुलिस के दावा बा कि फरवरी का आखिरी हफ्ता में गाजियाबाद में भइल सपा नेता वकील यशवीर सिंह के हत्या के गुत्थी सलंता लिहल गइल बा आ जल्दिए दोषियन के गिरफ्तार कर लिहल जाई.
बिहार के सासाराम में शनिचर का दिने खनन माफिया का खिलाफ अनेके जगहा छापा पड़ल जवना में तीन गो जेसीबी आ बीसियन गाड़ी जब्त भइली स. एह मामिला में छह जने के गिरफ्तारो कर लिहल गइल बा.
लालकृष्ण आडवाणी के हैसियत पार्टी में अब सलाहकार के रह गइल बा. शनिचर का दिने भाजपा अध्यक्ष राजनाथ सिंह के कहला के मतलब इहे निकलत बा. तीन दिन के राष्ट्रीय परिषद में नरेन्द्र मोदी नरेन्द्र मोदी होखत बा. कहल त नइखे जात बाकिर साफ लागत बा कि भाजपा में नरेन्द्र मोदी के कवनो मुकाबला नइखे.
बिहार के कैमूर जिलाके कुदरा इलाका में शनिचर का दिने एगो बस आ ट्रक का बीच भइल टक्कर में अठारह गो बस सवारी मर गइले. मरे वाला लोग तीर्थ यात्रा करत राजस्थान लवटत रहल.
413 total views, 5 views today