कचहरियन मे भइल विस्फोट के मुकदमा वापिस ना लिहल जाई
March 4, 2013
उत्तर प्रदेश सरकार विधानसभा में साफ कर दिहलसि कि लखनऊ, फैजाबाद, आ गोरखुपुर के कचहरियन में कइल विस्फोट से जुड़ल मुकदमा सरकार वापिस ना ली. कहलन कि सरकार एह पर कवनो सोचो विचार नइखे कइल जात.
एहिजा ई बतावल जरूरी लागत बा कि सपा अपना चुनावी वादा में कहले रहुवे कि ढेर दिन से जेल में बंद मुसलमानन पर से मुकदमा हटावल जाई.