कुंडा कांड में सपा सरकार के फजीहत
March 4, 2013
उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कहलन कि कुंडा में सीओ के हत्या के पीछे जे ही रहल होखी ओकरा के छोड़ल ना जाई. आजम खान के कहना बा कि ऊ कहीं मुँह देखावे लायक नइखन रहि गइल. मृतक सीओ जियाउल हक के पत्नी आरोप लगवले बाड़ी कि एह हत्या का पीछे राजा भईया बाड़न. राजा भईया निर्दलीय जीतला आ सपा के मिलल दू तिहाई बहुमत का बावजूद पता ना कवना कारण अखिलेश सरकार में मंत्री बना दिहल गइलन. भाजपा आ बसपा के कहना बा कि अब जब राजा भईया का खिलाफ केस दर्ज कर लिहल गइल बा त उनका के बर्खास्त कर के गिरफ्तार कर लेबे के चाहीं.