खबर पर एक नजर : ४ मार्च २०१३

कम उमिरिया बिआह रोके खातिर राजस्थान में शादी कार्ड पर कनिया दुल्हा के जनम के तारीख छापल जरूरी कर दिहल गइल.

कुंडा मे भइल डीएसपी के हत्या मामिला में उनुका के अकेला छोड़ के भागे वाला तीन गो पुलिसवालन के निलमंबित कर दिहल गइल.

पटना में 13 मार्च से गाँधी मैदान में पुस्तक मेला लागे वाला बा.

पिछला महीना हैदराबाद में भइल बम विस्फोट का मामिला में एगो आरोपी मंजर इमाम के सोमार का दिने रांची से गिरफ्तार कइल गइल.

सु्परीम कोर्ट के कहना बा कि मुकदमा का तारीख पर वादी भा ओकरा वकील के गैरहाजिर रहला का चलते कवनो जरूरी नइखे कि मामिला अगिला तारीख ला टार दिहल जाव. कोर्ट अपना हिसाब से एह बारे में सोच समुझ के फैसला कर सकेला.

अतवार का दिने देश भर के पनवाड़ी लखनऊ में जुटलें आ पान उत्पादन खातिर अनुदान राशि एक करोड़ से बढ़ा के 25 करोड़ करे के माँग कइल.

जदयू के बागी नेता उपेन्द्र कुशवाहा आपन नया गोल बना लिहलन आ ओकर नाम राष्ट्रीय लोक समता पार्टी राख दिहलन. राष्ट्रीय अध्यक्ष बनल कुशवाहा कहलन कि उनकर पार्टी राज्य के नौजवानन के एगो विकल्प दी.

अतवार का दिने भइल मगध विश्विद्यालय सीनेट के बइठक में साढ़े चार करोड़ के घाटा के बजट पेश कइल गइल.

भोजपुर के अपराधी ब्रजेश मिश्रा के पुलिस कोलकाता से गिरफ्तार कर ले आइल. ब्रजेश पर पचास हजार रुपिया के इनाम घोषित रहल ह.

पश्चिमी चंपारण के नरकटियागंज में धूमनगर गाँव के चार गो घर आगि से जर के राख हो गइल.

पूर्वी चंपारण के नारायणपुर गाँव से राजेपुर पुलिस दू गो नक्सलियन के गिरफ्तार कइलसि.

जून महीना ले उत्तरप्रदेश के सड़कन के गड़हा भर दिहल जाई. एकर भरोसा दिहलन शिवपाल सिंह यादव.

केन्द्र सरकार के क्षेत्रीय प्रचार निदेशालय का तरफ से भेजल गइल नेता लोग गुजरात के दौरा कर के वापिस लवटि आइल बा. लवटि के आइल लोग बतावत बा कि गुजरात में विकास आ जनता के लगन देख के मन बहुत खुश भइल. वइसने विकास आ माहौल एहिजो बनवला के जरूरत बा.

गोरखपुर में आयोजित पहिलका उत्तर प्रदेश विज्ञान कांग्रेस में वैज्ञानिक आ शिक्षाविद् प्राथमिक स्कूल से लगाइत स्नातक स्तर ले सूचना प्रौद्योगिकी के इस्तेमाल के सिफारिश कइलन.

अतवार का दिने भइल बनारस हिंदू विश्वविद्यालय के दीक्षान्त समारोह में नौ हजार सात सौ छह विद्यार्थियन के उपाधि बाँटल गइल. कुलाधिपति डा॰ कर्ण सिंह कहलन के विद्यार्थियन के आपन सामाजिक सरोकार ना भुलाए के चाहीं.