नियोजित शिक्षकन के वेतनमान दिहल सरकार के बूता का बाहर
March 11, 2013
बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अतवार का दिने पत्रकारन से बतियावत घरी कहलन कि नियोजित शिक्षकन के सरकारी वेतनमानद दिहल सरकार के बूता का बाहर बा. शायद भगवाने आ के कुछ करसु त हो पाई. बाकिर इहो भरोसा दिहलन कि सरकार का लगे पइसा होखी त एह लोग के वेतन बढ़ावे के जरूर सोचल जा सकेला.