यशवंत सिन्हा नाराज हो गइल बाड़े
March 11, 2013
बतावल जात बा कि भाजपा के बड़का नेता में से एगो यशवंत सिन्हा झारखंड भाजपा के अध्यक्ष पद पर रवींद्र राय के बइठावे का खिलाफ नाराज हो गइल बाड़ें आ ई नाराजगी एह हद ले बा कि ऊ भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणीओ से इस्तीफा देबे का मूड में आ गइल बाड़ें. हालांकि अबहीं इस्तीफा दिहले नइखन.