ट्रक पलटला से एक आदमी के मौत
March 12, 2013
कुंभ नहा के एगो पिकअप ट्रक से बिहार के सीतामढ़ी लवटल लोग से भरल एगो ट्रक बलिया में बादिलपु गाँव का लगे सोमार का भोर में पलट गइल जवना से एक जने के मौत ओहिजे हो गइल आ सात जने घवाहिल हो गइलें. एगो दोसरा घटना में सारण जिला के गड़खा इलाका के सरवंदा गाँव के एगो आदमी के लाश अतवार का दिने बैरिया के भीखा छपरा गाँव का लगे नाला में मिलल. लाश के पहचान सोमार का दिने भइल.