web analytics

प्रभुनाथ सिंह अपना प्रचार में लगलन

राजद नेता प्रभुनाथ सिंह काल्हु कहलन कि बिहार के महाराजंगज लोकसभा सीट के उपचुनाव मई में हो सकेला आ एह चुनाव में आपन उम्मीदवारी बतावत चनचौरा के मधोपुर गाँव में एगो सभा में कहलें कि उनकर लड़ाई सीधे नीतीश से बा. कहलन कि नीतीश से कबो उनकर दोस्ती रहल बाकिर अब नइखे. नीतीश सभका के ठगे के काम कइले बाड़न एहसे उनकर विरोध जरूरी हो गइल बा. कहलन कि एह राज्य में अउर कुछ के विकास भइल होखे भा ना शराब के जरूर बढ़न्ती भइल बा आ गाँवे गाँवे शराब के दोकान खोलवा दिहल गइल बा. अपना प्रचार में ऊ बनपुरा, चनचौरा वगैरह गाँवो के दौरा कइलें.

महाराजगंज के उपचुनाव सांसद उमाशंकर सिंह के निधन का चलते होखे वाला बा.

 243 total views,  2 views today

%d bloggers like this: