झारखंड़ में राष्ट्रपति शासन के प्रस्ताव संसद से पास हो गइल
March 13, 2013
झारखंड में राष्ट्रपति शासन लगवला के प्रस्ताव पर आजु लोकसभा से सहमति मिल गइल गृहमंत्री शिंदे के पेश प्रस्ताव ध्वनि मत से पास कर दिहल गइल. राज्यसभा पहिलही एह प्रस्ताव के पास कर चुकल बिया. पिछला अठारह जनवरी के मुख्यमंत्री अर्जुन मुंडा इस्तीफा दे दिहले रहले काहे कि झामुमो समर्थन वापिस ले लिहले रहुवे. इस्तीफा का बाद दोसर केहू बहुमत के दावा करे के हालत में ना रहुवे. एहसे राष्ट्रपति शासन लगा दिहल गइल बा.