web analytics

हत्या के मामिला में मुआवजा देबे के आधार पूछलसि हाई कोर्ट

इलाहाबाद हाई कोर्ट के लखनऊ पीठ सरकार से दू हफ्ता में एह बात के जबाब देबे के कहले बिया कि हत्या का मामिला में मुआवजा कवना आधार पर दिहल जाला आ एह बारे में सरकार के कवनो नीति बा कि ना. पिछला दिने कुंडा में डीएसपी के हत्या का बाद उनुका बीबी के पचास लाख रुपिया आ ग्रामप्रधान नन्हे यादव आ उनुका भाई के परिवारन के बीस बीस लाख रुपिया दिहल गइल. एहिजा इहो बतावे जोग बा कि टाँडा में रामबाबू गुप्ता के हत्या पर उनुका परिवार वालन के कवनो मुआवजा ना दिहल गइल. जियाउल हक के परिवार वालन से मिले वाला नेता लोग के ताँता लागल बा जबकि हिंदू युवा वाहिनी के नेता रामबाबू यादव के परिवार से मिले जाए वाला लोग के गिरफ्तार कर लिहल जात बा.

जियाउल हक के हत्या के सीबीआई जाँच करत बिया आ आरोप राजा भईया पर बा, जबकि रामबाबू गुप्ता के परिवार वाले टाँडा से सपा विधायक अजीमुल हक पहलवान पर आरोप लगावत बाड़ें.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: