अपहृत लईका मिल गइल
March 14, 2013
रोहतास जिला के तिलौथु में ओहिजा के अंचलाधिकारी किहाँ से २८ फरवरी के गायब भइल लईका मुकेश के बरामद कर लिहल गइल बा. एह मामिला में चंद्रपुरा से दारोगा यादव नाम के एगो आरोपी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. ओकरे निशानदेही पर लईका के एगो घर से आजाद करावल गइल. मुकेश के रिहाई खातिर पाँच लाख रुपिया के माँग भइल रहे.