अखिलेश सरकार के एक साल पूरा

आजु उत्तर प्रदेश के समाजवादी सरकार के एक साल पूरा हो गइल. एह मौका पर पत्रकारन से बतियावत मुख्यमंत्री मनलें कि कानून व्यवस्था में सुधार के जरूरत बा. दावा कइलन कि सपा आपन चुनावी वादा पूर कइले बिया. दोसरा तरफ विपक्ष खासकर बसपा बहुते हमलावर बा एह सरकार पर. विपक्ष के नाराजगी खास कर के राज्य के खराब कानून व्यवस्था से बा.