web analytics

रेप करे ला लइकी भा कम उमिर के औरत चाहीं

देवरिया जिला में एएसपी से शिकायत करे आइल एगो औरत के सबका सोझा एगो अउर शर्मिंदगी झेले के पड़ गइल जब एएसपी ओकरा से लइकन के संख्या पूछलन आ फेर सबसे बड़ लइका के उमिर. औरतिया कहलसि कि चौदह साल त एएसपी साहब कह दिहलन कि अतना पुरानी मेहरारू से कवन बलात्कार करी? अलग बाति बा कि एह खराब टिप्पणी का बाद एएसपी मामिला के तहकीकात करे के कह दिहलन बाकिर उनकर टिप्पणी औरत के जवन घाव दिहलसि तवनो बलात्कार से कम ना माने के चाहीं. एह घटना के वीडियो एबीपी न्यूज पर देखावल गइल बा.

 399 total views,  2 views today

%d bloggers like this: