देश आ एहिजा के मानसिकता के दयनीय हाल ई बा कि सुप्रीम कोर्ट से संजय दत्त के सजा मिलला का बाद हाराबाजी जइसन लागल बा कि के कतना आगा बढ़ के संजय के पैरवीकार बनत बा. लोग त इहाँ ले गिर जात बा कि कहत बा लोग कि संजय दत्त निर्दोष हउवन आ उनका के माफी दे देबे के चाहीं. कांग्रेस, समाजवादी पार्टी आ शिवसेना सभे संजय के पैरवी करे में लागल बा. जबकि भाजपा सवाल उठावत बिया कि कवना आधार पर माफी देबे के बात होखत बा.
संजय के पैरवीकार बन के सबले पहिले अइलें मार्कण्डेय काटजू से सुप्रीम कोर्ट के जज से रिटायर भइल बाड़ें. उनुका पर सवाल उठावत बीबीसी का सोशल मीडिया पर टिप्पणी आइल बा कि ई बतावत बा कि काटजू का जज रहते जवन फैसला दिहले होखीहन तवना के आधार का रहल होखी.
जान जाईं कि संजय दत्त का लगे से हथियारन के जखीरा मिलल रहुवे. संजय के सफाई बा कि ऊ हथियार अपना सुरक्षा खातिर रखले रहलें. संजय दत्त अगर समय पर पुलिस के बतवले रहतन त मुंबई के बम धमाकन में दू सौ से अधिका लोग के जान ना गइल रहीत आ आतंकवादियन के मंसूबा फेल कर गइल रहीत.