बक्सर खुला जेल से कैदी फरार
March 23, 2013
बियफे का दिने बक्सर के खुला जेल से एगो कैदी बियफे के साँझ में फरार हो गइल. गदबेर में जब कैदियन के गिनिती होखे लागल तब पता चलल कि मो॰ रिजवान नाम के कैदी फरार हो गइल बा. रिजवना भागलपुर के रहुवे आ रोज फल बेचे जेल से बाहर जात रहुवे. बियफे का दिने ओ लवटल ना. अब पुलिस ओकर पता लगावे में लागल बिया.
एह घटना का बाद से जेल में सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा.