web analytics

बिहार पुलिस बहाली में औरतन ला पैंतीस फीसदी आरक्षण

काल्हु पटना गाँधी मैदान में बिहार दिवस समारोह के उद्घाटन करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार घोषणा कइलन कि अब राज्य में हर तरह के पुलिस बहाली में पैंतीस फीसदी जगहा औरतन ला आरक्षित रही. पहिले ई आरक्षण तीने फीसदी के रहुवे. बतवलन कि बिहार सरकार नारी सशक्तिकरण ला समर्पित बिया. इहो कहलन कि अबसे सगरी सहकारी संगठन आ पैक्स में आधा जगहा औरतन खातिर होखी. अगिला पाँच साल में औरतन के दस लाख स्वंय सहायता समूह बनवावल जाई.

जाने जोग बा कि बिहार में पंचायत आ नगर निकायन के हर स्तर पर औरतन ला पचास फीसदी सीट आरक्षित होला.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: