मिरजापुर के बरौँधा में काल्हु शुक का सबेर में राइस मिल के देवाल गिर पड़ल जवना चलते ओकरा बगल में सूतल मजदूर दबा गइले आ तीन जने के मौत हो गइल. तीनो मजदूर बिहार से काम करे आइल रहलें. दू गो मजदूर नालन्दा जिला के आ एगो मजदूर पटना जिला के रहल. बतावल जात बा कि मिल में एह घरी धान के कुटाई चलत बा आ ओह मशीन से निकलत चाउर क बोझ देवाल ना सम्हार पवलसि आ भहरा गइल.
बाद में मौका पर चहुँपल सिटी मजिस्ट्रेट आ सीओ सिटी मिल बंद करा दिहलें आ मिल मालिकन का खिलाफ गैर इरादतन हत्या के मामिला दर्ज कर दिहल गइल.
291 total views, 5 views today