बीसीसीआई के टीम आजु आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के चउथा मैच में हरा के चार मैच के शृंखला चार शून्य से जीत लिहलसि. एह जीत से एगो शानदार इतिहास बन गइल. भारत के क्रिकेट टीम के अइसन जीत कबो ना मिलल रहुवे. एहसे पहिले भारत 1993-94 में श्रीलंका आ इंग्लैंडो के 3-0 से हरवले रहुवे.
आजु खेले उतरल भारत अपना पहिला पारी के रन में मात्र छह रन जोड़ पवलसि आ 272 रन पर आल आउट हो गइल. एकरा बाद दोसरका पारी खेले उतरल आस्ट्रेलिया के खिलाड़ी धड़ाधड़ आउट होखत गइलें आ ऑस्ट्रेलिया के टीम 46.3 ओवर खेल के 164 रन बनावत आल आउट हो गइल. एह पारी में भारत का ओर से जडेजा ने 5 गो आ अश्विन अउर ओझा दू दू गो विकेट लिहलें. इशांत के एगो विकेट मिलल.
एकरा बाद जीते खातिर 155 रन के लक्ष्य ले के खेले उतरल बीसीसीआई टीम के शुरूआट बढ़िया ना रहल. ओपनर मुरली विजय एगारह बना के बोल्ड हो गइले. विराट कोहली इकतालीस रन बनवलें त चेतेश्वर पुजारा बयासी रन. धोनी बारह रन बनवलें.
सचिन आजु फेरू निराश कइलें. एकही रन बना के ऊ आउट हो गइलें. अजिंक्य रहाणेउ एके रन बना पवलें.
अश्विन के मैन आफ द सिरीज आ जडेजा के मैन आफ द मैच के पुरस्कार मिलल.