web analytics

गोली चलाए वाला के लोग पीट के मुआ दिहल

रोहतास जिला के अमझोर का बसडीहा गांव में होली मिलन कार्यक्रम का दौरान शुक का देर रात कुछ लोग में झंझट हो गइल जवना में एक आदमी गोली चला दिहलसि. एह पर ओहिजा मौजूद लोग ओह हमलावर के पीट पीट के मुआ दिहल. मरे वाला हमलावर गाँवे के मोती साव के बेटा मनोज कुमार बतावल जात बा. जबकि घवाहिल लड़ीका विजेन्द्र पाल के बेटा मनीष कुमार पाल ह. कहल जात बा कि एह झंझट का पीछे प्रेम प्रसंग बा. मनोज गाँवे के एगो बिआहल औरत के ले के पर साल भाग गइल रहुवे आ साल भर बाद लवटल रहे.

 301 total views,  2 views today

%d bloggers like this: