web analytics

भागलपुर में नाव पलटला से दस लोग डूबल

बिहार के भागलपुर जिला के पीरपैंती में रानी दियारा घाट पर काल्हु एगो नाव पलट गइल जवना चलते ओह पर सवार लोग में से दस जने के डूबला से मौत हो गइल. डूबे वालन में नौ गो औरत आ एगो तीन महीना के लइका रहुवे. बिहार सरकार मृतक के परिवारन के दू दू लाख रुपिया के सहायता अनुदान देबे के एलान कइले बिया. नाव पर तीस लोग सवार होके फसल कटाई क काम करे जात रहुवे. एही बीच नाव का पेंनी में छेद से पानी भरे लागल.बाकी लोग त पवंड़ के निकल आइल बाकिर ई दस लोग डूब गइल. एह में चार गो त एके परिवार के रहे लोग.

 292 total views,  5 views today

%d bloggers like this: