सिविलसर्जन का खिलाफ डाक्टरन के मोर्चा बंदी
March 24, 2013
पिछला दिने सिवान का निजी नर्सिंग होमन पर पड़ल छापामारी से नाराज डाक्टर आईएमए का बैनर तले एकजुट हो के सिविल सर्जन का खिलाफ मोर्चा खोल दिहले बाड़न. एह लोग के आरोप बा कि छापा मारे वाली टीम पाँच लाख रुपिया के घूस मँगलसि आ ना दिहला पर छापामारी कइल गइल. डाक्टरन के कहना बा कि सिविल सर्जन आ ड्रग इंसपेक्टर मिलीभगत कर के डाक्टरन के तरह तरह से हड़कावत रहेलें आ गिरफ्तारी के धमकी देके दोहन के कोशिश होखत रहेला.