डेहरी आन सोन में एगो घर में लागल आग से चार जने के मौत
March 25, 2013
रोहतास जिला के डेहरी आन सोन में अतवार का भोर में एगो मकान में आग लाग गइल जवना में दू गो सगी बहन आ दू गो अउरी लोग जर के मर गइल. बतावल जात बा कि रसोई गैस रिसला का चलते आग लागल आ बादमें ई आग अगल बगल का मकानो में पसर गइल जवना से नाहियो त तीस लोग झँउस गइलें.