web analytics

कानपुर में होली का दिने आठ लोग डूबल

कानपुर में काल्हु बुध का दिने दू गो अलग अलग दुर्घटना में आठ लोग के मौत हो गइल. एहमें सगरी नवही रहलें जवना के उमिर सोलह साल से छब्बीस साल का बीचे रहल. पाँच लोग कोहना थाना इलाका में गंगा बराज में नहात घरी डूबल जबकि तीन जने बिठूर इलाका के ब्रह्मावर्त घाट पर डूबल. पुलिस के कहना बा कि एहमें से कई जने शराब का नशा में रहलें

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: