बिहार के विशेष राज्य के दरजा ना दिहल जा सके, कहलन मोंटेक सिंह
March 29, 2013
योजना आयोग के उपाध्यक्ष मोंटेक सिंह अहलूवालिया फेरू एह बात के दोहरवले बाड़न कि बिहार के विशेष राज्य के दर्जा ना दिहल जा सके. काहे कि विशेष राज्य ला जरूरी शर्त बिहार पूरा ना करे. एह ला पहाड़ी भा दिक्कत वाला इलाका, आबादी के कम घनत्व, बड़हन जनजाति आबादी, पड़ोसी देशन से लागल सीमा, आ राज्य के खराब माली हालत के शर्त होला. हालांकि मोंटेक सिंह मनलन कि विकास में बिहार बहुते पीछे छूट गइल बा आ ओकर प्रति व्यक्ति आमदनी राष्ट्रीय औसत से कम बा. बिहार के अधिका आर्थिक समर्थन के जरुरतो मानत बावे योजना आयोग.