web analytics

उत्तर प्रदेश में तीन सौ नया बैंक शाखा के उद्घाटन

शुक का दिने लखनऊ में केन्द्रीय वित्त मंत्री पी चिदम्बरम बैंकन के तीन सो नया शाखा के उद्घाटन कइलन. लक्ष्य राज्य में तीन हजार नया शाखा खोले के बा. एह मौका पर समारोह के अध्यक्षता मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कइलन आ लोक निर्माण मंत्री शिवपाल सिंह आ स्वास्थ्य मंत्री अहमद हसन मौजूद रहलें. एह मौका पर चिदम्बरम अखिलेश यादव सरकार के बड़ाई कर के ऊ तिताई कम करे के कोशिश कइलन जवन आजुकाल्हु मुलायम सिंह आ बेनी बानू के बयानबाजी से उपजल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: