लीग मैच में उत्तर प्रदेश बड़ौदो के हरवलसि
March 30, 2013
उत्तर प्रदेश के क्रिकेट टीम इन्दौर में चलत सैयद मुश्ताक अली बीसबीसा टूर्नामेंट के एगो लीग मैच में बड़ौदा के हरवलसि. मैच आखिरी गेंद ले रोमांचक बनल रहल जब इम्तियाज अहमद आखिरी ओवर में दू गो छक्का लगा के टीम के दू विकेट से जितवा दिहलन. एकरा पहिले बड़ौदा उत्तर प्रदेश के मैच जीते ला 128 रन के निशाना दिहले रहुवे.