Go to ...
RSS Feed

Archives for March 2013

बिहार, बंगाल, आ पूर्वांचल में आजु फगुआ मनावल जात बा.

दूरदर्शनिया शहरन जइसे कि दिल्ली, मुंबई, आ देश के अनेके हिस्सा में काल्हु बुध का दिने होली मनावल गइल बाकिर कोलकाता, पटना, बलिया, गोरखपुर वगैरह इलाका में आजु बियफे का दिने फगुआ मनावल जात बा. लखनऊ में काल्हुए मना लिहल गइल बा. दू दिन के फगुआ का पीछे भद्रा के फेर बा.

कानपुर में होली का दिने आठ लोग डूबल

कानपुर में काल्हु बुध का दिने दू गो अलग अलग दुर्घटना में आठ लोग के मौत हो गइल. एहमें सगरी नवही रहलें जवना के उमिर सोलह साल से छब्बीस साल का बीचे रहल. पाँच लोग कोहना थाना इलाका में गंगा बराज में नहात घरी डूबल जबकि तीन जने बिठूर इलाका के ब्रह्मावर्त घाट पर डूबल.

नीतू कुमारी के मारीशस सरकार सम्मानित कइलसि

मारीशस में पिछला दिने भइल बिहार दिवस समारोह का मौका पर मारीशस सरकार का तरफ से बिहार के लोक गायिका नीतू कुमारी नूतन के मारीशस सम्मान से सम्मानित कइल गइल. ई समारोह ओहिजा २२ मार्च के भइल रहुव बाकिर खबर देरी से मिलल बा.

प्रधानमंत्री ग्राम सड़क योजना के गड़बड़झाला के जाँच करावल जाव

केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश माँग कइले बाड़न कि उत्तरप्रदेश में प्रधानमंत्री ग्रामीण सड़क योजना में भइल गड़बड़झाला आ बंदरबाँट के जाँच सीबीआई से करावल जाव. मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के लिखल चिट्ठी मे जयराम रमेश ई माँग कइले बाड़न. आरोप बा कि राहुल गाँधी का चुनाव क्षेत्र सुल्तानपुर में सड़क बनावे के नाम पर

अरेराज में जमीन खातिर भइल झगड़ा में दर्जन लोग घवाहिल

पूर्वी चंपारण के अरेराज नगर पंचायत में जमीन के झगड़ा का चलते भइल मारपीट में नाहियो त एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा. एह लोग के इलाज खातिर मोतिहारी जिला अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

टीबी योजना में अब खाए के इतजाम बनावल जाई

बिहार के स्वास्थ्य मंत्री अश्चिनी कुमार चौबे विश्व तपेदिक दिवस पर कहलन कि अब मरीजन के दवाई का साथे खाना देबे के इंतजामो कइल जाई. गाँव शहर हर जगहा टीबी के इलाज के भरपूर इंतजाम राखल जाई. जान जाईं कि दुनिया में सबले अधिका टीबी मरीज भारत में पावल जालें आ एह लोग के गिनिती

डेहरी आन सोन में एगो घर में लागल आग से चार जने के मौत

रोहतास जिला के डेहरी आन सोन में अतवार का भोर में एगो मकान में आग लाग गइल जवना में दू गो सगी बहन आ दू गो अउरी लोग जर के मर गइल. बतावल जात बा कि रसोई गैस रिसला का चलते आग लागल आ बादमें ई आग अगल बगल का मकानो में पसर गइल जवना

फगुआ के भीड़ निपटावे ला रेलगाड़ियन के तीन सौ साठ फेरा

होली का मौका पर अपना गाँवे जाए वाला आ ओकरा बाद लवटे वालन के बेसम्हार भीड़ देखत रेलवे इकतीस मार्च ले अनेके खास रेलगाड़ी चलावे के योजना बनवले बिया. होली स्पेशल ट्रेनन के ३६० फेरा लगावल जाई. एहमें से अधिकतर रेलगाड़ी बिहार, यूपी, एमपी, राजस्थान आ हरियाणा ला चलावल जात बा. एह गाड़ियन के जानकारी

खबरदार! घूस दिहलऽ त शिकायत मत करीहऽ

केन्द्र सरकार कानून बनावे जात बिया जवना का बाद घूस देबहू वालन के जेल भेजल जा सकी. अबहीं ले घूस दिहल अपराध ना रहुवे, लिहले अपराध रहुवे. एह चलते लोग घूस खोर अधिकारी के शिकायत कर के रंगे हाथ पकड़वा देत रहुवे. सरकारी अधिकारियन के मनोबल पर एकर खराब असर पड़त देख सरकार कानूने बदल

विश्चनाथ मंदिर के दिहल दान आयकर से मुक्त भइल

मंदिर ट्रस्ट के प्रस्ताव आयकर विभाग सकार लिहले बा आ अब विश्वनाथ मंदिर के दिहल दान पर सौ फीसदी आयकर छूट मिली. पहिले ई छूट पचासे फीसदी रहल. राज्य सरकारो मंदिर प्रबंधन के अनुमति दे दिहले बिया कि दाम में मिलल धन से रैन बसेरा, अस्पताल, शैक्षणिक संस्थान, निशुल्क चिकित्सा वगैरह के काम कइल जा

आस्ट्रेलिया के सूपड़ा साफ हो गइल क्रिकेट मैच में

बीसीसीआई के टीम आजु आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के चउथा मैच में हरा के चार मैच के शृंखला चार शून्य से जीत लिहलसि. एह जीत से एगो शानदार इतिहास बन गइल. भारत के क्रिकेट टीम के अइसन जीत कबो ना मिलल रहुवे. एहसे पहिले भारत 1993-94 में श्रीलंका आ इंग्लैंडो के 3-0 से हरवले रहुवे. आजु

भागलपुर में नाव पलटला से दस लोग डूबल

बिहार के भागलपुर जिला के पीरपैंती में रानी दियारा घाट पर काल्हु एगो नाव पलट गइल जवना चलते ओह पर सवार लोग में से दस जने के डूबला से मौत हो गइल. डूबे वालन में नौ गो औरत आ एगो तीन महीना के लइका रहुवे. बिहार सरकार मृतक के परिवारन के दू दू लाख रुपिया

छोटको शहरन में होखी एफएम रेडियो

केन्द्र सरकार के सूचना प्रसारण मंत्रालय जल्दिए देश में ८३९ नया एफ एम रेडियो स्टेशन के नीलामी करी. साल भर का भितरे एह नीलामी के पूरा कर लिहल जाई. सरकार चाहत बिया कि एक लाख से अधिका आबादी वाला हर कस्बा शहर में एफएम रेडियो स्टेशन होखो. एह मकसद से देश के २९५ गो कस्बा

राहुल के प्रधानमंत्री बनवले बिना कहीं ना जइहें बेनी

केंद्रीय मंत्री बेनी प्रसाद वर्मा फेरू सपा प्रमुख मुलायम सिंह यादव पर निशाना साधत कहले बाड़न कि मुलायम के बस आपन आ अपना परिवार के फायदा चाहेला, समाजवाद से उनकर कवनो लेना देना नइखे. बेनी कहलन कि असल समाजवादी रहलें जवाहरलाल नेहरू आ उनकर बेटी इंदिरा गांधी अपना भविष्य का बारे में बतावत बेनी कहलें

कल्लू के गीतन से गूंजल देवरिया के होली मिलन समारोह

देवरिया के नवलपुर चौराहा क लगे आयोजित एगो होली मिलन समारोह में भोजपुरी गायक अरविंद अकेला कल्लू आ निशा सांस्कृतिक कार्यक्रम परोसल लोग. अउरी गायकन में प्रमोद परदेसिया, गुड्डू आजाद, मुरली सिंह अकेला रहलें. बिहार के बक्सर का सहजौली में चुम्मन दुबे के दोसरका बेटा का रुप में जनमल कल्लू नौ साल का उमिरे से

सिविलसर्जन का खिलाफ डाक्टरन के मोर्चा बंदी

पिछला दिने सिवान का निजी नर्सिंग होमन पर पड़ल छापामारी से नाराज डाक्टर आईएमए का बैनर तले एकजुट हो के सिविल सर्जन का खिलाफ मोर्चा खोल दिहले बाड़न. एह लोग के आरोप बा कि छापा मारे वाली टीम पाँच लाख रुपिया के घूस मँगलसि आ ना दिहला पर छापामारी कइल गइल. डाक्टरन के कहना बा

सड़क हादसा में 3 आदमी के मौत

सासाराम जिला के बैजला आ समरडीहा गांव के नियरा भइल सड़क दुर्घटना में दू आदमी के मौत हो गइल. एगो आदमी साइकिल पर रहुवे जबकि दोसरका ओकरा से टकराए वाला मोटर साइकिल पर. एगो दोसर दुर्घटना में आरा सलेमपुर रोड पर सनदियाँ छलका का लगे दू गो मोटरसाइकिल के टक्कर में एगो फौजी दिवाकर उपाध्याय

गोली चलाए वाला के लोग पीट के मुआ दिहल

रोहतास जिला के अमझोर का बसडीहा गांव में होली मिलन कार्यक्रम का दौरान शुक का देर रात कुछ लोग में झंझट हो गइल जवना में एक आदमी गोली चला दिहलसि. एह पर ओहिजा मौजूद लोग ओह हमलावर के पीट पीट के मुआ दिहल. मरे वाला हमलावर गाँवे के मोती साव के बेटा मनोज कुमार बतावल

Older Posts›› ‹‹Newer Posts