Archives for April 2013
पूर्वी चम्पारण के चकिया थाना इलाका में मंगल का दिने एगो जीप पैदल जात एगो औरत आ ओकरा चार गो बेटा बेटियन के कचार दिहलसि. घटना राष्ट्रीय राजमार्ग 28 पर टोल प्लाजा के लगे भइल. दुर्घटना का बाद राजकली देवी, ओकर बेटी राधिका आ रूबी, अउर बेटा राहुल आ विकास के ओहिजे मौत हो गइल.
सारण जिला के चार गो पुलिस स्टेशनन के उपर से मिलल आदेश का बाद अपग्रेड कर दिहल गइल बा. एह अपग्रेडेशन का बाद सोनपुर, मुफस्सिल, भगवान बाजार आ मढ़ौरा थाना के प्रभारी पुलिस इंसपेक्टर रहीहें. अबहीं ले सब इंसपेक्टर लोग का जिम्मे रहत रहुवे ई थाना.
अतवार का दिने सिवान जिला के बसंतपुर में स्टेट हाइवे 73 पर लहेजी मध्य विद्यालय के नियरा एगो ट्रक एगो साइकिल वाला के धक्का मार दिहलसि जवना से साइकिल सवार बुरी तरह घवाहिल हो गइल. ओकरा के इलाज खातिर सिवान जिला अस्पताल भेजल गइल रहुवे जहाँ इलाज का दौरान ओकर मौत हो गइल. आदमी के
छपरा जंक्शन पर बड़ी लाइन के गाड़ियन के दबाव बढ़ला का चलते रेलवे तय कइले बा कि अब से छोटी लाइन के गाड़ी छपरा जंक्शन ना जाई आ छपरा कचहरी से चलल करी. एह बीच छपरा थावे रेलखंड के आमान बदले के कामो लागल बा. अब जंक्शन के छोटी लाइन वाला प्लेटफार्म से आमान बदल
मशरक इलाका के कर्णकुदरिया गांव के स्व. रामा सिंह के बेटा प्रमोद कुमार सिंह जहर खा के जान दे दिहलसि. बतावल जात बा कि मृतक का उपर बहुते कर्जा हो गइल रहुवे आ ओकरा के सधाव का बाहर हो गइल रहल. एही चलते ऊ जान दे दिहलसि. ओकर लाश सोमार का दिने सेरूकाहां चंवर में
बेतिया एसएसबी कैंप का नियरे एगो ट्रैक्टर आ जीप के टक्कर में नाहियो त आधा दर्जन बाराती घवाहिल हो गइल रहलें. ई लोग रामनगरी के रहुवे आ बारात जात रहे. घवाहिलन में एगो मनोज कुमार वल्द केदार साह के बेतिया एमजेके अस्पताल में इलाज के दौरान मौत हो गइल.
बेतिया जिला के पुलिस अधीक्षक के कहना बा कि जिला के ३६० गो पुलिस मित्रन के आचरण पर संदेह होखला का चलते ओह लोग के बर्खास्त कर के ओह जगहा पर नया पुलिस मित्र बहाल कइल जाई.
रोहतास जिला के राजपुर में चलत महात्मा गांधी फुटबाल टूर्नामेंट के फाइनल मैच में अतवार का दिने अमरथा (गोड़ारी) के टीम इन्द्रपुरवा एकादश राजपुर के दू शून्य से हरा दिहलसि. एह मैच के उद्घाटन विधायक रह चुकल सत्यनारायण यादव कइलन.
बक्सर के जिलाधिकारी विनोद सिंह गुंजियाल आदेश दिहले बाड़न कि जिला के सगरी नर्सिंग होम आ निजी अस्पताल, पैथालॉजी, एक्सरे, अल्ट्रासाउंड वगैरह जाँच करे वाला संस्थान आपन संस्था से जुड़ल सगरी जानकारी पन्द्रह दिन का भीतर सिविल सर्जन आफिस में जमा करा देस. एह निर्देश का बाद अफरातफरी मचल बा एह तरह के काम करे
हावर्ड में भाषण देबे खातिर गइल मुख्यमंत्री अखिलेश का संगे गइल कैबिनेट मंत्री आजम खां के रोक के देरी ले पूछताछ कइल गइल. तमतमइला पर उनका के हड़काइयो दिहले अमेरिका के अधिकारी. एह घटना के विरोध में दुनु जने हावर्ड यूनिवर्सिटी में भाषण देबे के कार्यक्रम रद्द क के लवटे के फैसला कइले बाड़ें. आजु
ग्रामीण योजना के प्रचार करे खातिर बिहार सरकार राज कपूर आ शैलेंद्र के मशहूर फिलिम “तीसरी कसम” देखावत चलत बिया. एह फिलिम का बीच बीच में सरकारी अधिकारी ग्रामीण विकास के योजना का बारे में बतावेलें. बाकिर एह फिलिम के बनावे वाला मशहूर संगीतकार शैलेंद्र के परिवार के लोग नाराज बा कि फिलिम देखावे से
गोरखपुर सीरियल ब्लास्ट के आरोपी तारिक काजिमी पर से यूपी के सपा सरकार मुकदमा वापिस ले लिहले बिया. एकरा खिलाफ भाजपा जिलाध्यक्ष रामकृष्ण तिवारी के अगुआई में गोरखपपुर जं॰ का लगे मुख्यमंत्री के पुतला फूंक के विरोध दर्ज करावल गइल. एकरा पहिले सिविल लाइंस में पार्टी आफिस से रेलवे स्टेशन तक जुलूसो निकालल गइल आ
रोहतास के चुटिया इलाका में पंडुका सोन घाट का लगे नदी में जानवर धोवे उतरल दू गो सगा भाई डूब गइले. 16 साल के चन्द्रमोहन आ 14 साल के सूर्य मोहन पंडुका के शिवपूजन विश्वकर्मा के बेटा रहलें. बहुते मेहनत का बाद दुनु के लाश नदी से निकालल गइल.
राजेश कला एवं संस्कृति संस्थान आमी का तरफ से बियफे का रात सात बजे से अगिला दिने सबेरे पाँच बजे ले राष्ट्रपति पदक से सम्मानित लोक गायक स्वरसम्राट स्व॰ संत राज सिंह रागेश के सतवीं बरखी पर संगीत श्रद्धांजलि दिहल गइल.
गोपालगंज जिला के थावे रेलखंड पर अब एक्सप्रेस ट्रेन चले लगीहें सँ. शुरुआत एक जोड़ी साप्ताहिक एक्सप्रेस ट्रेन से होखे जात बा. ई रेलगाड़ी समर स्पेशल हई सँ. गाड़ी नंबर 05115 छपरा-लखनऊ एक्सप्रेस ट्रेन शनिचर के शनिचर रात आठ बजे थावे चहुँपल करी. लखनऊ छपरा एक्सप्रेस अतवार के उपरी बेरा पौने चार बजे थावे स्टेशन
शुक का दिने नावानगर इलाका के अतिमी गाँव का लगे एगो रिटायर्ड शिक्षक गुप्तेश्वर मिश्रा के हत्या कर दिहल गइल आ एगो दोसरा शिक्षक रमेश मिश्रा के घवाहिल क दिहल गइल. ई लोग अपना दुनाली बंदूक के सत्यापन करा के लवटत घरी पीएनबी के नावानगर शाखा से पचास हजार रुपिया निकाल के आगा बढ़ल त
एने कुछ समय से जदयू कांग्रेस से गलबहिया करे का फिराक में अपना पुरान साथी भाजपा से बात बात में फरका चाल चलल शुरू कर दिहले बिया. राष्टंपति चुनाव में कांग्रेसी उम्मीदवार के वोट दिहलसि, त अब फेर कोयला घोटाला में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह से इस्तीफा माँगे के भाजपा के जोर पर आपन विरोध दर्ज
सारण जिला के मढ़ौरा से शनिचर का दिने बिसमिल्ला अंसारी के सात साल के बेटा याजदान गायब हो गइल त ऊ थाना में अपहरण के केस दर्ज करावे गइलन. बाकिर थाना के लोग अपहरण के मामिला दर्ज ना कइल आ कहल कि जा कहीं एने ओने चल गइल होई, जा के खोजऽ. जबकि ऊ बतवले
पिछला दिने देश भर में बिहार के छवि खराब करे वाला खबर ई रहली सँ कि कई गो बलात्कारी बिहार के निकलले आ ओकनी के बिहार से गिरफ्तार क के दिल्ली आ दोसरा जगहा ले जाइल गइल. दिल्ली के मासूम से रेप करे वाला दुनु अपराधियन के बाद अब मध्यप्रदेश के सिवनी में एगो अबोध
सपा सरकार के बड़ाई जन जन ले चहुँपावे का प्रोग्राम में निकलल सपा मंत्रियन के बदजुबानी के खबर से सपा के छवि अउरी खराब होखे लागल बा. राज्य के वस्त्र उद्योग मंत्री शिव कुमार बेरिया कहलें कि पुलिसवालन के औकात नइखे कि उनुका कहला बिना बइठिओ सकस्. जिन जाने उनकर बात ना मनीहें उनकर वरदी
Older Posts››