web analytics

बिहार विधानसभा निजी विश्वविद्यालय विधेयक पास कइलसि

आजु मंगल का दिने बिहार विधानसभा में बिहार निजी विश्वविद्यालय विधेयक, आर्यभट्ट ज्ञान विश्वविद्यालय संशोधन विधेयक, बिहार राज्य विश्वविद्यालय संशोधन विधेयक आ पटना विश्वविद्यालय संशोधन विधेयक के पारित कर दिहलसि. एह विधेयकन पर विपक्ष का ओर से मिलल संशोधन खारिज कर दिहल गइल. सरकार के शिक्षा मंत्री पी के शाही कहलन कि राज्य में निजी विश्वविद्यालय खुलला से एहिजा से विद्यार्थियन के बाहर गइल रुक जाई. जबकि विपक्ष एह विधेयकन के काला विधेयक बतावत कहलसि कि एहसे विश्वविद्यालयन के स्वायत्तता खतम हो जाई.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: