web analytics

चीनी के दाम पर से नियन्त्रण हटल

केन्द्र सरकार चीनी के दाम से नियन्त्रण हटा लिहलसि आ अब चीनी मिल से बाजार भाव पर चीनी खरीदल करी. एहसे सरकार के सबसिडी के खरचा करीब पाँच हजार करोड़ से अधिका बढ़ जाई जवना के सीधा फायदा चीनी मिल मालिकन के भेंटाई. आम जनता के एहसे कवनो फायदा नइखे होखे वाला ओकरा त बाजार भाव का आधार प महँग खरीदही के बा. एह फैसला के औचित्य का बा से त नइखे मालूम बाकिर अगिला चुनाव से पहिले सत्ताधारी राजनीतिक पार्टी के जरूर कुछ फायदा हो जाई.

 166 total views,  15 views today

%d bloggers like this: