web analytics

ट्रक का धक्का से एगो नवही के मौत

बलिया जिला के फेफना इलाका के कनैला गाँव के अठारह बरीस के एगो लड़िका गड़वार पानी टंकी का लगे साइकिल से जात रहुवे कि एगो ट्रक ओकरा के कचारत भाग निकलल. कचराइल गोलू वर्मा के मौत ओहिजे हो गइल. ट्रक ड्राइवर ट्रक समेत भाग निकलल.
एगो दोसर दुर्घटना में सहतवार इलाका के डुमरिया का लगे एगो मेहरारूठ बुचिया देवी एगो मैजिक गाड़ी से धक्का लगला का चलते मर गइल.
भृगु मंदिर का लगे मोटरसाइकिल सवार बिहार के नैनीजोर के भरत तिवारी के एगो टेम्पो धक्का मार दिहलसि. घवाहिल भरत के इलाज जिला अस्पताल में चलत बा.

 315 total views,  2 views today

%d bloggers like this: