web analytics

फर्जी चेक भँजावे का फेर में दू जने गिरफ्तार

पंजाब नेशनल बैंक के बलिया शाखा से फर्जी तरीका से चेक भँजावे चहुंपल दू जने के ओक्डेनगंज पुलिस पकड़ लिहलसि. एह लोग के शक का आधार पर गिरफ्तार कइल गइल त पूछताछ से पता चलल कि दुनु जने फर्जी तरीका से चेक भँजावे आइल रहले. दुनु गिरफ्तार गाजीपुर के हउवें आ दुनु के नाम अशोक कुमार बतावल जात बा. एगो महुआरी के आ दुसरका जंगीपुर के हवे.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: